Sahitya DarshannStory,Poems.shayari,quotes,Gazals,कवितायें शायरी कहानियाँ

 

आपन गांव

चल बबुआ तोहके घुमा दिही गांव
खेतवा ,बाधारवा  ,पिपरवा के छाँव
चल बबुआ...

घसिया आ फूसवा के बनल मकानवा ,
गोबरा से लिपल घारवा आगनवाँ
मुंडेरवा पे कागा करेला काँव -काँव
चल बबुआ..

पिपरा त चरत गईया -बकरियाँ
लइकन के गुन्जेला जहाँ किलकरियाँ
उपरा से बनरा करेला खाँव -खाँव
चल बबुआ..

खेतवा में लहरत लह -लह धानवा
कन्हिया पे लाठी लेले देखिह किसनवा
गेहुआं ,मसूरिया ,रहर आ केराव
चल बबुआ...

जादू आ टोना के बहुते बा चक्कर ,
तनिकि में हो जाला लाठी के टक्कर
तबो बा देखिह ,तू कतना लगाव
चल बबुआ...

चन्दन कुमार पंडित

Share